*रंजना
तिरंगा आजादी के सबसे बड़ प्रमाण बा,
देश के ई शान बा ना।
झंडा खातिर मिट जाए उहे जवान बा,
सच्चा किसान बा ना।
दिल्ली ,मुंबई या कलकत्ता, सगरे बाटे एकर सत्ता,
झंडा ही त अब सबके गीता-कुरान बा।
देश के ई शान ~~
घरे-घरे,द्वारे-द्वारे, चर्च- मंदिर-मस्जिद-गुरुद्वारे,
झंडा देश के लोगन के जीवन-मन-प्राण बा।
देश के ई शान ~~~
बाड़न देश के लोगवन जहवां, झंडा पहुँचल तहवां-तहवां,
विश्व के हर धरती पर झंडा ही पहचान बा ।
देश के ई शान ~~~
खेल हो चाहे कऊनों अवसर, झंडा फहरे सबसे ऊपर ,
भारत के जन-गण-मन के इहे गुमान बा ।
देश के ई शान ~~~
सैनिक एकरा शीश नवावें , एकर शान में जान गवावें,
रक्षा में एकर मिट जाईं इहे अरमान बा।
देश के ई शान बा ना।
* रंजना